Saawan Me Hariyar Bhayil - पोरे पोरे चुए लागल प्यार ए धनिया
Saawan Me Hariyar Bhayil Lyrics: -
सावन में हरिहर भइल भादवे कोढ़ियाइल
चढ़ते कुवार इ प्रितिया फुलाईल
बहल जब कतकी बियार ए धनिया
पोरे पोरे चुए लागल प्यार ए धनिया
इसक के अजबे गजब अंदाज होखे ला
जाने कब अंजाम कब आगाज होखेला
अगहन में अधन नियन देह ढबकवल अपना सनेहिया के आँच से
पूस में रूस गइलू खुश हम कइनी तोहरा अकवरिया में चाप के
माघ में चढ़ल रजऊ महुवा मदन रस फागुन में फागुनी फुहार हो
लागल जब तोहके चईतार हो धनिया
पोरे पोरे चुए लागल प्यार ए धनिया
जब उनमात हो मेढे बैशाखवा धीरे धीरे ुमकता देह जी
जेठ दुपहरिया में उठेला लहरिया आव कई दी एहिजा छेह जी
बरसल असाढ़ तब तरसल इ मनवा फुटल जवनिया के धार हो
बारहो महीवा जान मार हो धनिया
पोरे पोरे चुए लागल प्यार ए धनिया

Subscribe to:
Post Comments (Atom)
Full song dalo bhaiya
ReplyDeleteLyrics Full nhi hai
ReplyDelete